आखिरी रास्ता के बैंकाक शूटिंग पूरा भइल
-

भोजपुरी सिनेमा अब देश के सरहद से बाहर निकल के विदेशो का लोकेशन पर शूट होखे लागल बा. अब ले लंदन आ मारीशस में जब तब शूटिंग होत आइल बा. बाकिर पिछला दिने भोजपुरी सिनेमा “आखिरी रास्ता” के यूनिट फिल्म के शूटिंग खातिर बैंकाक चहुँप गइल. श्री प्रियंका पिक्चर्स के एह फिल्म “आखिरी रास्ता” खातिर छह गो गाना आ कुछ सीन के शूटिंग बैंकाक का मनोरम लोकेशनन पर भोजपुरी किंग निरहुआ, अदाकारा पाखी हेगडे, आ रिंकू घोष का साथे शूट कइल गइल.

जी॰ सुब्बाराव के लिखल आ के॰एस॰साईंबाबा के बनावल एह फिल्म के शूटिंग हैदराबाद में कई गो लोकेशन पर करावल जा चुकल बा. निर्देशक लेखक जी॰ सुब्बाराव के कहना बा कि भोजपुरी सिनेमा के शूटिंग विदेशन में करावे के मकसद ओकर बिजनेस बढ़वला से ले के दर्शकन के हर ऊ चीज परोसलो बा जवना के देखे के लालसा ओह लोग के रहेला.

“आखिरी रास्ता” में निरहुआ, पाखी, आ रिंकू का साथे मोनालिसा, सत्य प्रकाश, पीडी राज, अनय घोष, अशोक कुमार, रघुनाथ, आ मनोज टाइगर खास किरदार में बाड़न जा. गीत विनय बिहारी आ प्यारेलाल यादव के आ संगीत राजेश रजनीश के बा.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

1 Comment

  1. HEMANT KUMAR MALHOTRA

    यह फिल्म हमका बहुतह अच्छा लागल

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts