इलाहाबाद में बोरा में बन्द लाश मिलला से सनसनी
-

(प्रतीक फोटो)


इलाहाबाद, 25 अप्रैल (वार्ता). इलाहाबाद के हंड़िया कोतवाली इलाका में आजु एगो बोरा में बन्द लाश मिलला से सनसनी पसर गइल.
पुलिस से मालूम भइल कि सैदाबाद चौकी इलाका के महुआ चेरिया गाँव का लगे सड़क किनारे बोरा में बन्द लाश होखे के अनेसा से लोग पुलिस के खबर कइल. एकरा बाद पुलिस चहुँपल आ लाश बरामद कइलसि.
लाश करीब 40 बरीस के उमिर के आदमी के ह आ ऊ क्रीम कलर के शर्ट आ करिया पैंट पहरले रहुवे. पुलिस के लगात बा कि कहीं अउर ओकर हत्या क के ओकरा के एहिजा फेंकल गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts