उत्तर प्रदेश के खबर, मंगल 23 अगस्त का दिने
-
  • उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री रहल आ जनक्रांति पार्टी (राष्ट्रवादी) के संरक्षक कल्याण सिंह अन्ना हजारे के खुला समर्थन करत कहले बाड़न कि जन लोकपाल विधेयक पारित करावे खातिर सरकार संसद के संयुक्त सत्र बोलवावे.
  • उत्तर प्रदेश के बाराबंकी जिला में एसओजी एगो तस्कर के तीन करोड़ रुपिया के ब्राउन शुगर का साथे गिरफ्तार कर लिहलसि बाकिर ओकर चार गो साथी भाग परइले.
  • उप्र के बाढ़ प्रभावित इलाकन में जलजनित बेमारियन के खतरा बढ़ल. राज्य सरकार चिकित्सा शिविर आ सचल दस्ता बनवले बिया.
  • पु्र्वांचल में काल्हु से फेर बरखा के झड़ी लागल बा आ राज्य में बाढ़ के हालात जस के तस बनल बा.
  • बरखा से जुड़ल दुर्घटना में अबही ले उत्तर प्रदेश में अन्ठानबे लोग के मौत हो चुकल बा, तीन सौ दू गो गाँव बाढ़ में घेराइल बाड़े आ एक लाख छिहत्तर हजार हेक्टेयर खेती के जमीन पानी में डूबल बा.
  • प्रो॰ लालजी सिंह काल्हु बनारस हिन्दू विश्वविद्यालय के कुलपति के रूप में आपन कार्यभार ले लिहले. प्रो॰ लालजी सिंह जौनपुर जिला के सिकरारा के हउवे. उनुका देश दुनिया के पैंसठ गो पुरस्कार मिलल बा.
  • नक्सल प्रभावित जिलन में आठ कोन वाला थाना भवन बनावल जाई. हर थाना के बनावे पर एक करोड़ सत्तासी लाख रुपिया खरच होई. एह तरह के भवन सिपाहियन के सुरक्षा का ख्याल से बनावल जा रहल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts