गबरघिचोर नाटक के मंचन
-

टाउन डिग्री कॉलेज में होखत बलिया नाट्य महोत्सव 2013 के पहिलका दिने महान लोक कलाकार भिखारी ठाकुर के नाटक गबर घिचोर से महोत्सव के शुरुआत भइल. मंचन “संकल्प” संस्था के टीम कइलसि. निर्देशन रहल रेनू सिंह के, पार्श्वगायन ओम प्रकाश, सोनू लाल यादव, शैलेंद्र शर्मा, कृष्ण मिट्ठू, पंकज, आ रेखा कइली. कलाकार रहले आनंद चौहान, समीर खां, रेनू सिंह, सुनीता पाठक, सम्राट पांडेय, नितेश, शंकर, अरुण, आ रोशन जायसवाल. ओम प्रकाश के संगीत रहल आ तबला पर अतुल कुमार राय आ ताल पर प्रेम कुमार संगत दिहले.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..