’चरणों की सौगंध’ ले के अइलें विशाल तिवारी

VishalTiwari
होली के शुभ अवसर प बिहार में रिलीज फिलिम ’चरणों के सौगंध’ में बतौर नायक जाँबाज़ पुलिस इंस्पेक्टर बनल विशाल तिवारी के अभिनय के बहुते सराहल जात बा. सी पी आई मूवीज (सुजीत तिवारी) के परोसल आ पूर्वा प्रोडक्शन का बैनर में सूर्यकान्त आ के.वेंकेट महेश हउवें. निर्देशक हउवें बाली जी. एह फिलिम के केन्द्रीय भूमिका में विशाल तिवारी का संगे खेसारी लाल यादव, रंजीत सिंह, शुभी शर्मा, काजल राघवानी, प्रिया सिंह, सी पी भट्ट, बिपिन सिंह, सिराज भगत, परितोष कुमार अउर सोनू झा बाड़ें. विशाल तिवारी एह फिलिम ’चरणों की सौगंध’ क अलावा ’लड़ाई’ फिलिमों में नजर अइहें. आनन्द गहतराज के निर्देशन में बनल लड़ाई फिलिम में विशाल तिवारी के भूमिका जबरदस्त बा.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Recent Posts