छक्का मारे का तइयारी में निरहुआ
-

Nirahua-musclesएह दुर्गा पुजा का मौका पर भोजपुरी सुपरस्टार निरहुआ छक्का लगावे का तइयारी में बाड़न. दुर्गा पूजा पर रिलीज होखे जात ‘दूल्हे राजा’ एह साल निरहुआ के छठवाँ फिलिम होखी आ एकरा साथही निरहु एह साल अपना सफल फिलिमन के छक्का लगा लीहें.
निरहुआ के एह साल अबही ले रखवाला, दिलेर, गंगा जमुना सरस्वती, वर्दीवाला गुन्डा, आ इज्जत आ चुकल बाड़ी स आ सगरी सफल रहली सँ. यशी फिल्मस् प्रा० लि० के बैनर तले बनल ‘दुल्हे राजा’ से निरहुआ कले बहुते उम्मीद बा. एहमें निरहुआ के नायिका बाड़ी मधु शर्मा.
एहमें निरहुआ के शानदार एक्शन देखे के मिली. निर्माता अभय सिन्हा आ निशांत उज्जवल के एह फिलिम के निर्देशक हउवें अजय श्रीवास्तव.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts