“जय भोजपुरी – जय भोजपुरिया” परिवार के सलाना महोत्सव

“जय भोजपुरी – जय भोजपुरिया” परिवार के सलाना भोजपुरी साहित्यिक आ सांस्कृतिक महोत्सव 22 नवंबर 2023, दिन बुधवार के भोजपुरी के धाम अमही मिश्र, भोरे, गोपालगंज में होखे जा रहल बा.

महोत्सव दू सत्र में चलेवाला बा. पहिलका सत्र में सरस्वती पूजन, अंजन जी’ के तैलचित्र पर माल्यार्पण, मंगलाचरण, अध्यक्ष सतीश कुमार त्रिपाठी के संबोधन का बाद संयोजक ज्वाला सिंह जी सम्बोधन दीहें आ ओकरा बाद उपस्थित गणमान्य अतिथि लोग के सम्मानित कइला का बाद एगो परिचर्चा होखी जवना के विषय रही – “भोजपुरी के आठवीं अनुसूचि में शामिल करवावे ला भोजपुरिया केतना तइयार बाड़ें?” वक्ता रहीहें सर्वेश कुमार तिवारी आ जलज कुमार मिश्र.

उपरी बेरा “सिरिजन” पत्रिका के 22वाँ अंक के विमोचन कइला का बाद कवि सम्मेलन शुरू होखी. एही बीच “अंजन सम्मान” से मनोज भावुक, आ कृष्ण कुमार श्रीवास्तव, अउर सुजीत कुमार सिंह जी के “श्रेष्ठ” रचनाकार सम्मान से सम्मानित कइल जाई.

कवि सम्मेलन के संचालक रहीहें डॉ. अनिल चौबे आ अध्यक्षता करीहें मदन मोहन पाण्डेय.

दूसरका सत्र के उद्घाटन अध्यक्ष सतीश कुमार त्रिपाठी आ उपस्थित गणमान्य लोग का हाथे होई. आगंतुक अतिथि लोग के सम्मानित कइला का बाद लोकगायिका सुश्री माधुरी राय के स्मृति शेष तीस्ता के पिता उदयनारायण सिंह जी का हाथे “जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया” परिवार के गायक विनोद कुमार हर्षित आ संगीतकार राजन द्विवेदी जी के सम्मानित कइल जाई.

एकरा बाद गीत गवनई के लमहर दौर चली.

( सुभाष पाण्डेय के ह्वाट्सअप सूचना का आधार पर)

0 Comments

Recent Posts