टोक्यो पैरालिम्पिक में पदक जीते के दौर बरकरार
-

(टटका खबर, बुध, भादो अन्हरिया दशमी, 2078 विक्रमी)

टोक्यो पैरालिम्पिक में पदक जीते के दौर बरकरार राखत भारत के मरियप्पन थंगावेलू पुरुष ऊंची कूद में 1.86 मीटर के ऊँचाई पार कर के रजत पदक जीत लिहलें. शरद कुमार एही प्रतियोगिता में 1.83 मीटर के ऊँचाई पार कर के कांस्य पदक जीतलन.

मंगले का दिने भारत के सिंहराज अदाना पुरुषन के 10 मीटर एयर पिस्टल स्पर्धा में कांस्य पदक जीत लिहलें.

काल्हु मंगल का दिने मिलल एह पदकन का बाद अब टोक्यो पैरालिम्पिक में भारत के मिले वाला पदक के गिनिती दस हो गइल बा. एहमें दू गो स्वर्ण, पांच गो रजत अउर तीन गो कांस्य पदक शामिल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts