तृणमूलिया विधायक पर जानलेवा हमला
-

( टटका खबर, सोमार, भादो अन्हरिया अष्टमी 2078 विक्रमी)

पश्चिम बंगाल के बैरकपुर में स्टेशन का प्लेटफार्म का लगे बनल हनुमान मन्दिर के पुनर्निर्माण खातिर मिलल चंदा के इस्तेमाल इलाका के लोगन खातिर बाँटे के सिफारिश करे चहुँपल तृणमूलिया विधायक राज चक्रवर्ती पर कुछ लोग जानलेवा हमला कर दिहलसि आ केहू तरह विधायक के सही सलामत निकाल लीहल गइल.

मामिला में तेजी देखावत पुलिस एक दर्जन से अधिका लोग के एह हमला में शामिल रहे के आरोप लगावत गिरफ्तार कर लिहले बिया.

विधायक के कहना बा कि इलाका के कुछ अपराधी एह हमला में शामिल रहलें.

0 Comments

Recent Posts