दिवाली पर देशवासियन के बधाई दिहलन नरेन्द्र मोदी आ विकास के गोहार लगवलन
-

नयी दिल्ली आ गांधीनगर. 03 नवंबर (वार्ता) प्रकाश पर्व दिवाली का मौका पर राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी, उपराष्ट्रपति मोहम्मद हामिद अंसारी, आ प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह देशवासियन के हार्दिक शुभकामना दिहले बाड़े. पाँच दिन के एह उत्सव के शुरूआत धनतेरस से भइल आ भईया दूज ले चली

गाँधीनगर से भाजपा से प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार आ गुजरात के मुख्यमंत्री नरेद्र मोदी देशवासियन के दीपावली के शुभकामना देत विकास खातिर एकजुट होखे के गोहार लगलवलन.

नरेन्द्र मोदी प्रकाश पर्व पर सभका के बधाई देत कहलन कि विक्रम संवत 2070 मे हमनी के आपन कर्तव्य पूरा करत देश के असाधारण विकास ला आगे बढ़े के चाहीं.

संप्रग प्रमुख आ कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गांधी दिवाली के शुभकामनाएं देत देश के शांति, समृदि्ध आ प्रगति के कामना कइली.

दुनिया भर में जहँवे हिन्दुस्तानी बाड़े हर जगहा से दिवाली मनावे के खबर बा. एह साल अमेरिका के राष्ट्रपति निवासो में दिवाली मनावल गइल.

पाकिस्तान के राष्ट्रपति ममनून हुसैन अपना देश के हिंदू समुदाय के लोग के दिवाली के बधाई दिहले बाड़े, पाकिस्तान में दीपावली पूरा हँसी खुशी का साथे मनावल गइल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts