नइखीं जानत कि का हो गइल ?
-

बाकिर आजु दुपहरिया में अँजोरिया आ एकर सगरी सबडोमेन के सस्पेंड कर दिहल गइल रहे. ई अँजोरिया पर भइल हमला का चलते हो सकेला भा कवनो दोसर तकनीकी गड़बड़ी.

एह चलते कुछ दिन खातिर अँजोरिया पर नया लोग रजिस्टर ना कर पाई. पुरनको यूजर के छँटनी हो रहल बा. जवने यूजर नेम संदिग्ध बुझाई ओकरा के हटा दिहल जाई. हमरा संख्या से मतलब नइखे काहे कि जानीले अस्सी फीसदी रजिस्टर्ड यूजर फेक होलें, बेमतलब होलें. असल में स्पैमर खोजत रहेले कि केने जगहा बा आपन स्पैम घुसेड़े खातिर. अगर गलती से राउर यूजर नेम डिलीट हो जाव त खिसियाएम मत. एगो इमेल भेज देम ओकरा के सुधार लिहल जाई.

एह असुविधा खातिर हम अपना पाठकन से क्षमा चाहत बानी.

राउर,
संपादक अँजोरिया

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts