बलिया इकाई के ५वाँ विश्व भोजपुरी सम्मेलन २०१२
-

आदरणीय महोदय,

अपने सभ के जानि के खुशी होई कि विश्व भोजपुरी सम्मेलन के बलिया इकाई आपन पाँचवा अधिवेशन टाउन हॉल बलिया में १८ मार्च २०१२ दिन रविवार के ११ बजे से करे जा रहल बिया. भोजपुरी हमनी के पहिचान आ स्वाभिमान के भाषा हऽ. एकरा सम्मान में आयोजित भोजपुरी के रंगारंग कार्यक्रमन में हिया खोलि के शामिल होखे के कृपा करीं.

कार्यक्रम विवरण

११ बजे पूर्वाह्न वार्षिक उद्घाटन एवं प्रतिवेदन
“भोजपुरी भाषा साहित्य, वर्तमान स्थिति” आलेख पाठ विष्णुदेव
१२.३० बजे अपराह्न मुख्य अतिथि डा॰ अरुणेश नीरन, राष्ट्रीय महासचिव, विश्व भोजपुरी सम्मेलन के भाषण
१.३० बजे से जलपान
२.०० बजे से लोकगायन के विशेष प्रस्तुति
२.३० बजे से काव्य संध्या

विशेष आमंत्रित कवि सभेश्री भालचन्द्र त्रिपाठी, आजमगढ़ से, डा॰ प्रकाश उदय वाराणसी से, डा॰ कमलेश राय मऊ से, विष्णुदेव तिवारी बक्सर से, गिरिधर करुण आ कुबेर नाथ मिश्र “विचित्र” देवरिया से, आ आनन्द संधिदूत मिर्जापुर से.

संरक्षक डा॰ अशोक द्विवेदी
सहयोगी अनन्त प्रसाद रामभरोसे, कन्हैया पाण्डेय, हीरालाल हीरा, विजय मिश्र, आ शिवजी पाण्डेय रसराज.

निवेदक शंभुनाथ उपाध्याय, अध्यक्ष बलिया इकाई,

1 Comment

  1. amritanshuom

    बहुत खुशी के बात बा .अइसन- अइसन कार्यकर्म होखे के चाहीं .
    बलिया इकाई के बहुत – बहुत धन्यवाद!
    ओ.पी.अमृतांशु

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts