“बाज़ीगर” के पहिला झलक
-

Bajigar-poster
तिरुपति बालाजी मोशन्स पिक्चर्स प्रा॰ लि॰ के भोजपुरी फिलिम ‘बाज़ीगर’ के पहिला झलक पिछला दिने जारी क दिहल गइल. जल्दिए रिलीज होखे वाली एह फिलिम में भोजपुरी के दू गो सुपरस्टार अपना अभिनय के बाजीगरी देखइहें. रवि किशन आ पवन सिंह के जोड़ी वाली जतने फिलिम आइल बाडी सँ सगरी सुपर हिट रहल बाड़ी सँ. अबकी ई बारी ‘बाज़ीगर’ के बा.

निर्माता पवन सिंह के एह फिलिम के निर्देशक सनोज मिश्रा बहुते बढ़िया से बनवले बाड़न. दर्शकन ला एहमें रोमाँस, एक्शन, ड्रामा सबकुछ देखे के मिली. निर्माता के कहना बा कि बाकी भोजपुरी फिलिमन से अलग बनल एह फिलिम में दर्शक बहुते कुछ नयापन देखीहें.

मुख्य कलाकारा हउवें रवि किशन, पवन सिंह, शुभी शर्मा, बृजेश त्रिपाठी, अलीना शेख, संजू सोलंकी, कृष्णा कन्चित, सीमा सिंह, पायल कोटंगी, अभिषेक गिरी, राजू रसिया, नीलम पाण्डेय, माधुरी पाण्डेय, सचिन भोसले आ संचिता श्रीवास्तव.

अलीना शेख एह फिलिम से अपना कैरियर के शुरूआत करत बाड़ी आ फिलिम में रविकिशन के नायिका बनल बाड़ी.

सह निर्माता शाहनवाज खान, प्रवरसेन येसंबरे अउर अमोल सखरकर, ईपी जीतू सिंह, डीओपी नीतू इक़बाल सिंह, संगीतकार मधुकर आनंद, कोरिओग्राफर कानू मुखर्जी, एक्शन मास्टर हीरालाल यादव आ आर्ट निर्देशक भास्कर तिवारी हउवें.


(संजय भूषण पटियाला)

1 Comment

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts