बिना मेकअप लउकीहें संजय पांडे ‘दिलदार सांवरिया’ में
-

भोजपुरी के नंबर वन खलनायक संजय पांडे के भूमिका से निर्माता निर्देशक हमेशा प्रयोग करत रहेलें. अब संजय पांडे के पहिला बेर बिना मेकअप के ‘दिलदार सांवरिया’ में पेश कइल जाई. ई फैसला खुद संजय पांडे के ना हो के निर्माता निर्देशक के बा. संजय पांडे बतवलन कि जब सुनलन कि एहमें बिना मेकअप काम करे के बा त पहिले त चउँकलन बाकि फेर एह चुनौती के सकार लिहलन.

एह में वाकई मज़ा आवत बा शूटिंग करत में. ‘दिलदार सांवरिया’ के शूटिंग आजुकाल्ह उत्तर प्रदेश के बलिया में चलत बा. निर्माता दीपक शाह, सहनिर्माता किरण शाही, निर्देशक विशाल वर्मा, नायक यश कुमार मिश्र, नायिका अंजना सिंह, डांस डायरेक्टर निमेश भट्ट, छायाकार सी. जगन आ एक्शन मास्टर वेंकटेश हउवें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts