बिलाई के झगड़ा में फायदा उठावे का फेर में बानर
-

यूपी के सरकार चलावत मुलायम के परिवार में चलत झगड़ा के फायदा उठाके आपन बेंवत बढ़ावे में लागल बिया कांग्रेस।
सपा में बाहरी आदमी आ दलाल होखे खाति जानल जायेवाला अमर सिंह के सहायता से कांग्रेस के रणनीतिकार प्रशांत किशोर सपा मुखिया मुलायम सिंह से छह घंटा ले बतियवले बाकि कवनो राह तय ना हो सकल। मुख्यमंत्री अखिलेश यादव प्रशांत के टाइमो ना दिहलें एह बारे में बतियावे खाति।
सपा के बुझात बा कि अकेले चुनाव जीतल संभव नइखे आ कांग्रेस के आपन औकात मालूम बा। अन्हरा आ लंगड़ा के जोड़ी आपस में मेल क के चुनाव के वैतरणी पार कइल चाहत बा।

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts