बिहार विधानसभा उपचुनाव
-

नरकटियागंज, राजनगर, जाले, छपरा, हाजीपुर, मोहिउद्दीनगर, परबत्ता, भागलपुर, बाँका, आ मोहनिया विधानसभा सीट पर होखे वाला चुनाव के अधिसूचना पिछला 26 जुलाई के जारी हो गइला का बाद परचा दाखिला के काम शुरु हो गइल बा. एह सीटन ला तीन गो गोलबन्दी सामने आइल बा. भाजपा आ लोजपा के गोलबन्दी, कांग्रेस राजद आ जदयू के गोलबन्दी आ वाममोरचा के गोलबन्दी. राजग में एक सीट से लोजपा आ नौ गो पर भाजपा चुनाव लड़ी. जबकि जराका गोलबन्दी में चार चार सीट से जदयू आ राजद, आ दू सीट से कांग्रेस चुनाव लड़ी. भाजपा के हरावे ला सगरी हिन्दुत्व विरोधी ताकत एकजुट होखे लागल बाड़ी सँ. लालू सलाह दिहले बाड़न कि यूपी में मायावती आ मुलायमो के एक संगे आ जाए के चाहीं ना त भाजपा के हरावल मुश्किल हो जाई.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts