बिहार सरकार पर संस्कृत भाषा के खतम करावे के अछरंग लगवलसि भाजपा
-

बिहार भाजपा के मुख्य प्रवक्ता विनोद नारायण झा आजु बिहार सरकार पर अछरंग लगवलें कि नीतीश सरकार कवनो ना कवनो बहाना खोज के राज्य के स्कूलन में संस्कृत शिक्षकन के बहाली रोके में लागल बिया. ई सब एगो सोचल समुझल रणनीति का तहत करे के आरोप लगावत विनोद झा कहलन कि नीतीश सरकार चाहत बिया कि आवे वाला दिन में शिक्षकन के अभाव में संस्कृत के पढ़ाई बन्द हो जाई आ एह भाषा के अस्तित्वे खतम हो जाई. विनोद झा कहलन कि भारतीय संस्कृति आ भसन के जननी रहल संस्कृत से अइसन बेवहार सरकार के बदनीयती देखावत बा.(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts