बीएचयू के आयुर्वेद फैकल्टी के उपाधियन ला मान्यता खातिर नियुक्ति के काम शुरू

बनारस हिंदु विश्वविद्यालय के आयुर्वेद फैकल्टी के अनेके पाठ्यक्रम के केन्द्रीय भारतीय चिकित्सा परिषद के मान्यता नइखे मिलल. केभाचि परिषद के कहना बा कि फैकल्टी में योग्य शिक्षकन के कमी बा जवना से एकरा कोर्स के मान्यता ना दिहल जा सके. अब एह खाली पद पर बहाली के काम शुरू कर दिहल गइल बा. एकतीस पद पर बहाली ला साक्षात्कार के काम हो गइल बा आ उमेद बा कि सितम्बर में परिषद के अगिला सुनवाई से पहिले ई काम पूरा कर लिहल जाई आ मान्यता मिल जाई. हो सकेला एकरा बाद आयुर्वेदिक फैकल्टी में स्नातकोत्तर मे सीटो बढ़ावे के अनुमति मिल जाव.

0 Comments

Recent Posts