भाजपा के स्टार प्रचारक मनोज तिवारी जमके करत बाडें प्रचार
-

Parrikar-Smriti-Manojभोजपुरी मेगास्टार आ उत्तर पूर्व दिल्ली संसदीय क्षेत्र से भाजपा उम्मीदवार आ भाजपा के स्टार प्रचारक मनोज तिवारी आजुकाल्हु भाजपा ला जमके प्रचार करत बाड़न. आपन चुनाव खतम होखला का अगिले दिने उत्तर प्रदेश में प्रचार करे निकल पड़लन. फेरु अभिनेता परेश रावल खातिर गुजरात जाके प्रचार कइलन आ भाजपा के प्रधानमंत्री पद उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी के नामांकन बेरो वाराणसी में नवहियन के जोश बढ़ावत नजर अइलन मनोज तिवारी.

लखनऊ जाके भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष राजनाथ सिंह ला प्रचार कइलन. वसई आ मुंबई के कांदिवली में प्रचार कइलन. अमेठी में स्मृति ईरानी के प्रचार कइलन. अमेठी में उनका साथे गोवा के मुख्यमंत्री मनोहर पार्रिकरो मौजूद रहले. एह मौका पर पत्रकारन से बतियावत मनोज तिवारी कहलन कि आजु पूरा देश में भाजपा के लहर चलत बा आ सभे इहे कहत बा कि अबकी बार मोदी सरकार !

जहाँ जहाँ प्रचार करे मनोज तिवारी चहुँपत बाड़न तँहे भारी भीड़ उमड़ पड़त बा उनुका के देखे आ सुने खातिर. दिल्ली के उत्तर पूर्व संसदीय क्षेत्र में मनोज तिवारी के जीत तय मान लिहल गइल बा आ अनेके दिग्गज राजनेता अबहिये से मनोज तिवारी के बधाई देबे लागल बाड़ें.


(शशिकांत सिंह, रजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts