भोजपुरिया लाल रवि सिन्हा का हाथ में रॉ के कमान
-


भोजपुर जिला का कोईलवर प्रखण्ड में हरिपुर गाँव के मूल निवासी आ 1988 बैच छत्तीसगढ़ कैडर के आईपीएस अधिकारी रवि सिन्हा के रीसर्च एण्ड एनालिसिस विंग के प्रमुख पद खातिर चुनल गइल बा.

रवि सिन्हा 30 जून 2023 का दिने आपन कार्यभार सम्हरिहें. अबहीं के रॉ प्रमुख सामन्त कुमार गोयल ओहि दिने सेवानिवृत होखे जा रहल बाड़न. रवि सिन्हा दू बरिस से एह पद पर रहीहें.

59 बरीस उमिर के रवि सिन्हा एह घरी कैबिनेट सचिवालय मे विशेष सचिव का पद पर बाड़न.

बधाई आ शुभकामना रवि जी !

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..