भोजपुरी गजल

– मनोज भावुक

जिनगी भूलभुलइया
हम हेरा जातानी.

गलती उनकर बाटे
हम घेरा जातानी.

उ सरवा निर्लज्ज ह
हम डेरा जातानी.

ताकत होइहें पत्नी
हम डेरा जातानी.

हम कोल्हू के गन्ना
हम पेरा जातानी.

क्रोघ अम्ल हs ‘भावुक’
हम सेरा जातानी.

3 Comments

  1. omprakash amritanshu

    राउर भाव के भंवर में हम
    भकुआ जातानी।

  2. Bhola Prakash

    खूब नीमन।

  3. manoj bhawuk

    Bhakuaain mat. raura creative aadmi bani…gaharai mein utari. …ha ha ha ha

Recent Posts