भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी भाजपा का टिकट पर नयी दिल्ली से लोकसभा चुनाव लड़ीहें
-

ManojTiwari-NarendraModiभोजपुरी मेगा स्टार, भाजपा नेता, आ देश विदेश में पसरल करोड़ो भोजपुरियन के हृदय सम्राट मनोज तिवारी मृदुल उत्तर पूर्व नयी दिल्ली से भारतीय जनता पार्टी के लोकसभा चुनाव के उम्मीदवार बनावल गइल बाड़ें.

भाजपा से लोकसभा चुनाव में प्रत्याशी बनवला से खुश मनोज तिवारी भाजपा के आभार जतवलें. कहलन कि आजु देश भर में भाजपा के लहर बा आ नरेन्द्र मोदी देश के अगिला प्रधानमंत्री बने जात बाड़ें. उत्तर पूर्व नयी दिल्ली के लोग के भरोसा देत मनोज तिवारी कहलन कि उ लोग के उम्मीदन पर खरा उतरीहें.

मनोज तिवारी के भाजपा से टिकट मिलला प दिल्ली वासीभोजपुरिया खुशी जतावत बाड़ें.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts