भोजपुरी समाज दिल्ली के सालाना चुनाव
-

नई दिल्ली, 31 जुलाई 2011 के आयोजित एगो बइठक में भोजपुरी समाज दिल्ली के केन्द्रीय नेतृत्व के कार्यकारिणी अउर 51 शाखा के अध्यक्षन का उपस्थिति में संगठन के चुनाव सर्वसम्मति से भइल. श्री अजीत दुबे के फेरू अध्यक्ष चुन लिहल गइल. सर्वश्री प्रभुनाथ पाण्डेय, गरीब दास आ के0 राम के वरिष्ठ उपाध्यक्ष अउर श्री एल0 एस0 प्रसाद के महामंत्री चुनल गइल.

एह सभा में कांग्रेस के पूर्वांचल प्रकोष्ठ के अध्यक्ष श्री शिवाराम पाण्डेय आ एल्डरमैन, एम सी डी श्री गोस्वामी पुरी आ भाजपा के पूर्वांचल प्रकोष्ठ के अध्यक्ष श्री अभय वरर्मो के आमंत्रित कइल गइल आ निवेदन कइल गइल कि अगिला एम सी डी चुनाव में पूर्वांचलो के समुचित प्रतिनिधित्व दिहल जाव.

समाज के बैठक में सर्वसम्मति से नीचे दिहल प्रस्ताव पास कइल गइल :

१. भोजपुरी के संविधान का आठवीं अनुसूची में शामिल कइल जाव.
२. भोजपुरी लोक गायकन के पद्म पुरस्कार दिहल जाव.
३. बिहार के विशेष राज्य के दर्जा मिले.
४. उत्तर प्रदेश के पूर्वांचल क्षे़त्र के विकास खातिर विशेष आर्थिक पैकेज मिले.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts