भोजपुरी सिनेमा के नइकी सनसनी रूपा मिश्रा
-

RupaMishra
भोजपुरी सिनेमा में दिलकश अजीज, मृगनयनी, मनमोहिनी, आ मोहक मुस्कान से मंत्रमुग्ध कर देबे वाली तारिका रूपा मिश्रा के आगमन हो चुकल बा. खाँटी भोजपुरिया माटी वाला गोरखपुर के मूल निवासी रूपा मिश्रा के अभिनय के जादू जल्दिए रुपहुला परदा पर नजर आवे वाला बा.

बचपने से स्कूल कॉलेज के सांस्कृतिक कार्यक्रमन में अपना अभिनय प्रतिभा आ मोहक नृत्य से मन मोह लेबे वाली रूपा मिश्रा के खूबे सराहल जात रहल बा. आ अब सिनेमा देखेवाला लोगो इनका अदाकारी पर फिदा होखे वाला बा. रूपा मिश्रा अनेके फिलिमन के शूटिंग करा चुकल बाड़ी आ लगातार अउरिओ फिलिमन के शूटिंग करवले जात बाड़ी.

जानल मानल निर्माता-निर्देशक रमाकान्त प्रसाद के फिलिम ’प्यार किया तो डरना क्या’, आ निर्माता सीताराम शर्मा आ निर्देशक प्रदीप शर्मा के ’जींस वाली भौजी’ के शूटिंग पूरा कर लिहले बाड़ी. जीस वाली भउजी में नायक बाड़न राईजिंग स्टार प्रिन्स राजपूत. विराज भट्ट आ प्रिन्स राजपूत अभिनीत फिलिम ’बागी भइले सजना हमार’ के शूटिंग चलत बा. रूपा मिश्रा के जल्दिए रिलीज होखे वाली फिलिमन में संघर्ष, प्यार किया तो डरना क्या, प्रिया तुझे कसम प्यार की, जींस वाली भौजी वगैरह बाड़ी सँ.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts