मनोज पांडे के फिलिम ‘प्यार होके रही’ के ट्रेलर
-

ए. डी. आर. एस. एन्टरटेनमेंट के बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम ‘प्यार होके रही’ के ट्रेलर
बतावल जात बा कि एके महीना में एह फिलिम के एको लाख से अधिका ऑडियो कैसेट बिका गइल. म्यूज़िक कम्पनी के मालिक बतावत बाड़े कि एकर माँग उत्तर बिहार का साथही पंजाब, मुंबई आ गुजरातो से आइल बा.
फिलिम नवम्बर में पूरा भारत में एके साथ रिलीज होखी.
वइसे त मनोज पांडे के अनेके फिलिम बन के तइयार बा बाकिर ‘प्यार होके रही’ से उनुका कुछ अधिके उमीद बा.
निर्माता: प्रवीण कुमार, लेखक – निर्देशक महमूद आलम, पटकथा-संवाद लेखक सुरेन्द्र मिश्रा, संगीतकार: मधुकर आनंद, फाईट मास्टर लड्डू कुरेशी, नृत्य निर्देशक संजय कोर्वे, छायांकनकर्ता: देवेन्द्र तिवारी, आ संकलक गुलमोहम्मद अंसारी.
मुख्य कलाकार : मनोज पांडे, मोनालिसा, किरण यादव, दिलीप सिन्हा, तेज जी, कादिर शेख, प्रकाश जैस, पप्पू मिश्रा, गजेन्द्र त्रिपाठी, अश्विनी चौबे, निखील राज पांडे वगैरह.


(संजयभूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts