मुख्य सचिव के बर्खास्त करे के मांग ला परिषद में राजद के हंगामा
-


पटना 07 मार्च (वार्ता). बिहार विधान परिषद में आजु राष्ट्रीय जनता दल चारा घोटाला मामिला में झारखंड के अदालत से सम्मन जारी होखला का बाद राज्य के मुख्य सचिव अंजनी कुमार सिंह के बर्खास्त करे के मांग करत हंगामा कइलसि.

उप सभापति हारूण रसीद के आसन ग्रहण करते राजद के सुबोध राय कार्यस्थगन प्रस्ताव राखत मांग कइलन कि मुख्य सचिव अंजनी सिंह का खिलाफ सम्मन जारी होखे का मामिला पर सदन में चरचा करावल जाय. कहलन कि बिहार सरकार भ्रष्ट अधिकारियन के जिम्मेवारी सँउप रखले बिया. अइसने एगो भ्रष्ट अधिकारी आ राज्य के मुख्य सचिव अंजनी सिंह के सेवा विस्तारो दीहल गइल बा.

सुबोध राय कहलन कि केन्द्रीय जांच ब्यूरो केन्द्र सरकार के कठपुतली बन गइल बिया.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..