रंगदार सिपाहियन का खिलाफ रसड़ा कोतवाली के घेर लीहल लोग

रसड़ा के तीन गो बदनाम आ रंगदार सिपाही छठ के रात मोटरसाइकिल से जात एगो नवही के पकड़ लिहलें आ धौंस में लेबे खातिर गरियावे लगलन. नवही विरोध कइलसि त तीनो सिपाही ओकरा के पीटे लगलन आ पिटाई का बाद हवालात में डाल दिहलन. लोग के मालूम भइल त लोग कोतवाली घेर लीहल. एह बात के जानकारी मिलते अउरी सिपाहियन आ पीएसी के भेजल गइल. अधिकारी जाँच क के कार्रवाई करे के भरोसा दिहलन तब जा के मामिला शान्त भइल. धराइल नवही के मेडिकल करा के छोड़ दीहल गइल.
बतावल जात बा कि एह सिपाहियन के आदत हो गइल बा बात बेबात केहु के पकड़ लीहल आ उगाही कइल.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..