राज्यन का बीच श्रेष्ठता के दौड़
-

नीति आयोग बनवले राखे जोग विकास लक्ष्य (Sustainable Development Goals) पर काम कर रहल बावे. ओकर कोशिश बा कि देश के राज्यन का बीच एह पैमाना पर श्रेष्ठता के दौड़ होखे आ एह तरह सगरी देश अपना विकास लक्ष्य पावे में सफल हो सकी. एह तरह के पैमाना बन गइला प हर राज्य अपना के बेहतर करे के कोशिश करी आ तब देश के एकांगी विकास का जगहा सर्वांगी विकास के सपना पूरा हो सकी.
एह प्रकल्प में ओएसडी यूपी कैडर के आईएएस अधिकारी संयुक्ता समादार अपना टि्वट में एकर जिक्र कइले बाड़ी.
एह एसडीजी पर दू दिन के एगो राष्ट्रीय सम्मेलन काल्हु से दिल्ली में शुरु भइल जवन आजु पूरा होखी. एह सम्मेलन में सगरी राज्यन के प्रतिनिधि पदाधिकारी शामिल बाड़ें.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts