सुल्तान जोहर बाहरू कप के चैपियन बन गइल भारत के अंडर – 21 टीम
-

मलेशिया के जोहर बाहरू कप हाकी टूर्नामेंट का फाइनल में भारत के अंडर..21 टीम कमाल के प्रदर्शन करत मेजबान मलेशिया के तीन शून्य से हरा दिहलसि आ पहिला बेर एह टूर्नामेंट के खिताव जीत लिहलसि.
पिछला साल एह टूर्नामेट के फाइनल मे भारत जर्मनी से हार गइल रहुवे.
आजु का मैच में भारत के ओर से 22वाँ मिनट मे अमोन मिराश टिर्की, 52वा मिनट मे अफान यूसुफ, आ 64वा मिनट मे कप्तान मनप्रीत सिंह गोल दगले.
भारत के बढ़िया खेल का आगे मलेशियाई टीम तमन दया स्टेडियम मे घरेलू दर्शकन से मिलत जोरदार समर्थन का बावजूद बढ़िया ना खेल सकल. भारत शुरुए से मैच में आपन दबदबा बनवले रखलसि आ आखिर ले बनवले रहल.
हालां कि दुसरका हाफ में मिलल दू गो पेनल्टी कार्नर भारत गोल में ना बदल पावल.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts