सेंसर बोर्ड से सर्टिफिकेट लेबे में सफल हो गइल ‘सन्यासी बलमा’
-

SanyasiBalmaसाधू सन्यासियन के एकतरफा गलत छवि पेश करे वाली फिलिम ‘सन्यासी बलमा’ के सेंसर बोर्ड सर्टिफिकेट देबे से मना क दिहले रहुवे. बाकिर दू महीना के जद्दो जहद का बाद बोर्ड एह फिलिम के यू/ए सर्टिफिकेट देबे ला राजी हो गइल.

कुछ साधू सन्यासियन के गलत काम के एह फिलिम में खुलासा कइल गइल बा कि कइसे ई ढोंगी साधू लोग के अपना जाल में फँसा के आपन उल्लू सीधा करेले. एह कुकर्मियन का चलते आजु लोग पूरा साधू समाज पर अंगूरी उठावे लागल बा.

फिलिम के निर्माण सिन्धुजा चलचित्र के बैनर तर भइल बा. अजय झा निर्देशित एह फिलिम के कहानी सिन्धुजा मिश्रा, आ पटकथा अउर संवाद मनोज टाईगर लिखले बाड़न.

नवोदित नायक जलज कुमार एह फिलिम से आपन शुरूआत करत बाड़न. मुख्य भूमिका में शुभम तिवारी, मोनालिसा, प्रिया शर्मा, मनोज टाईगर, गोपाल राय, अनूप अरोरा, किरन यादव, देव सिंह, अभय राज, अउऱ अवधेश मिश्रा बाड़न.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts