’हमसे बढ़कर कौन’ फिलिम ला गुंजन पंत, अनारा गुप्ता, आ अमरेश सिंह साईन : शूटिंग अगस्त से
-
प्रोप्राइटर ऑफ जीविका फिल्म्स प्रोडक्शन आ मधुवेन्द्र पी राय के परोसल फिलिम ’हमसे बढ़कर कौन’ के निर्माण एम एस फिल्म्स प्रोडक्शन के बैनर तर होखे जात बा. निर्माता हउवन मुन्ना लाल शाह आ निर्देशक इकबाल बक्श.

पुरुष प्रधान समाज में नारी शक्ति के वजूद के कुशलता से परदा पर उतरीहें निर्देशक इकबाल बक्श. एह फिलिम के इहो खासियत बा कि एहमें अनेके स्टार अभिनेत्रियन के एक साथ देखावल जाई. कथा आ पटकथा संतोष पाल बकि पटकथा आ संवाद मनोज टाईगर लिखले बाड़न. कार्यकारी निर्माता राजकुमार शुक्ला, नृत्य निर्देशन दिलीप मिस्त्री, रिक्की गुप्ता, कानू मुखर्जी अउर राम देवन के आ मारधाड़ निर्देशन शकील शेख के होखी.

एह फिलिम ला गुंजन पंत, अनारा गुप्ता, आ अमरीश सिंह के साइन क लिहल गइल बा.

फिलिम के मुख्य कलाकारन में रानी चटर्जी, अंजना सिंह, अनारा गुप्ता, स्वीटी छाबड़ा, गुंजन पंत, शुभी शर्मा, अमरीश सिंह, मनोज टाइगर, गोपाल राय, बृजेश त्रिपाठी, सोनू दूबे, राजेंद्र कुमार सबरवाल, सब्बीर कुरैशी, डॉ. सुदेश, राजीव वशिष्ठ, सिकन्दर खान, दीपक भाटिया, संजय पाण्डेय आ सुशील सिंह रहीहें.


(रामचंद्र यादव)

GunjanPant4

HumseBadhakrKaun

AnaraG

AmrishSingh

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts