हादसा, दुर्घटना, आ मौत
-

सारण जिला के छपरा में जगलाल चौधरी कॉलेज का नियरा बियफे का दिने एगो नर्सिंग होम मालिक के लाश बरामद भइल बा. जमीन का झगड़ा में पश्चिम चम्पारण जिला के पिपरासी इलाका के बलजोरा गांव में एगो आदमी के जान चल गइलआ नौ जने घवाहिल हो गइले. गोपालगंज जिला के कुचायकोट इलाका में सासामुसा बाजार का नियरा एगो ट्रक से कचरा के एक आदमी के मौत हो गइल. गोपालेगंज जिला के नगर इलाका में थावे रोड आ माझा ‎इलाका के भोजपुरवा गांव का नियरा भइल अलग अलग हादसा में दू गो आदमी के मौत हो गइल. भदोही जिला के सुरियावां इलाका में कुसौली गांव का लगे एगो बालू लदले ट्रक एगो साइकिल पर जात दू गो बचवन के कचार दिहलसि जवना से दुनू के ओहिजे मौत हो गइल. ट्रक चालक बाद में ट्रक ले के भाग निकलल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts