महीना: अक्टूबर 2012

सागर अंजाना के ‘आखिर कब जागोगे’

बहुमुखी प्रतिभा के धनी सागर अंजाना लेखक के संगे संग कलाकारो हउवव. बतौर कलाकार सागर अंजाना बहुते फिलिम कइले बाड़न बाकिर उनुका अपना आवे वाली भोजुपरी फिल्म ‘आखिर कब जागोगे’ से ढेरहन उम्मीद बा. निर्माता डा. आर. के. निषाद आ निर्देशक...

Read More

बेटन का बहाने बापन के इम्तिहान

आजु दू गो उपचुनाव के वोट के गिनिती होखे वाला बा. टिहरी से उत्तराखंड मुख्यमंत्री विजय बहुगुणा के बेटा त जंगीपुर से राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी के बेटा चुनाव लड़त बाड़ें. दुनु सीट विजय बहुगुणा आ प्रणव मुखर्जी के संसद से इस्तीफा दिहला...

Read More

गोंडा सीएमओ काल्हु ड्यूटी पर लवटि अइलें

चार दिन ले गायब रहल गोंडा के सीएमओ डा॰ एसपी सिंह काल्हु वापस लवटि अइलें आ ड्यूटी ज्वायन कर लिहलें. बतवलें कि उनुका के प्रशासन लखनऊ भिजवा दिहले रहुवे जहवाँ ऊ अपना एगो रिश्तेदार का घरे रहलन. इहो कहलन कि राजस्व राज्य मंत्री बिनोद...

Read More

दबंग मंत्री बिनोद सिंह के छूट्टी

गोंडा के सीएमओ डा॰ एस॰पी॰ सिंह से दबंगई करे के आरोपी यूपी के राजस्व मंत्री बिनोद सिंह उर्फ पंडित सिंह के मंत्रीमंडल से छूट्टी कर दिहल गइल. चौतरफा दबाब झेलत मुख्यमंत्री बिनोद सिंह से इस्तीफा मंगा के राज्यपाल के भेजवा दिहलन. ओने...

Read More

जहरीला शराब से छपरा के दरियापुर आ डेरनी में पाँच जने मरलें

दरियापुर आ डेरनी थाना के गाँवन के पाँच लोग जहरीला शराब पियला का चलते मर गइल जबकि अनेके लोग के हालत खराब बा. मरे वालन के गिनिती बढ़े के पूरा अनेसा बा. घटना मंगल का दिने शराब पियला का बाद शुरू भइल. मंगल के रात में दू जने के मौत भइल...

Read More

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..