महीना: अप्रैल 2013

बसपा सुप्रीमो मायावती फेर ब्राह्मणन के सहारे

काल्हु लखनऊ में आयोजित ब्राह्मण भाईचारा सम्मेलन में मायावती ब्राह्मणन के पटावे क भरपूर कोशिश कइली. ३६ गो सीट पर संसद के चुनाव के उम्मीदवारन के घोषणा कइली जवना में से१७ गो पर ब्राह्मण उम्मीदवार दिहले बड़ी. देवरिया से कमलेश शुक्ला...

Read More

विधायक से पंगा लिहल महँग पड़ल डीएम के

बलिया के डीएम सत्यनारायण श्रीवास्तव के तबादल कर दिहलसि यूपी सरकार. कुछ दिन पहिले उनकर बहस एहिजा के नगर विधायक सपा नेता नारद राय से भइल रहुवे आ ओही दिन बुझा गइल रहे कि डीएम अब कुछे दिन के मेहमान बाड़े बलिया में. सरकार उनकर तबादला...

Read More

दुकान में टाँगल टार्च बम फटला से एक आदमी घवाहिल

बलिया जिला के रसड़ा थाना के जाम गांव में हार्डवेयर का एगो दुकान में एगो पैकेट टाँगल रहल. मकान मालिक के पत्नी के लागल कि केहु नवमी में टोटका कर के कुछ टाँग दिहले बा. ऊ अपने ना उतरली आ अपना आदमी से कहली. टाँगल पैकेट उतारल गइल त...

Read More

एटीएम ठग के पिटाई कर के पुलिस के सँउपल गइल

पीएनबी के बनियापुर शाखा के एटीएम से रुपिया निकाले आइल एगो बूढ के बरगला के एगो ठग उनका एटीएम से चार हजार रुपिया निकाल के ले भागल बाकिर अगल बगल के लोग के हल्ला मचवला का बाद गाँव वाले ओकरा के पकड़ लिहलें. पकड़ाइल ठग रिविलगंज परसा के...

Read More

मोटरसाइकिल सवार के मौत

बक्सर नवानगर में परमानपुर पेट्रोल पंप का लगे काल्हु बियफे का दिने एगो मोटर साइकिल आ टैंकर में टक्कर हो गइल जवना से एगो बाइक सवार के ओहिजे मौत हो गइल आ दुसरका घवाहिल हो गइल. टैंकर के पुलिस जब्त कर लिहले बिया बाकिर ओकर ड्राइवर आ...

Read More

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..