Month: August 2013

भभुआ पटना इंटरसिटी चालू हो गइल

लोकसभा स्पीकर मीरा कुमार काल्हु कैमूर जिला के भभुआ रोड टीसन पर भभुआ पटना इंटरसिटी एक्सप्रेस के हरियर झंडी देखा के रवाना करवली आ खुदहू सासाराम ले साधारण डिब्बा में सवारी कइली. ई ट्रेन सासाराम आरा होत भभुआ आ पटना का बीच चलावल...

Read More

बिहार में बीस गो अउरी मेडिकल कॉलेजन के जरूरत बा

काल्हु देवकली बलदारीचक में लार्ड बुद्धा इंटरनेशनल इंस्टीच्यूट आफ मेडिकल साइन्सेज के शिलान्यास करत नीतीश कुमार बतवलें कि राष्ट्रीय मानक का हिसाब से राज्य मे बीस गो अउरी मेडिकल कॉलेजन के जरूरत बा आ सरकार एह दिसाईं लागल बिया, अबहीं...

Read More

जलालपुर में क्रासिंग पर चाचा भतीजा रेल से कटा गइलें

जौनपुर जिला के जलालपुर इलाका के जलालगंज रेलवेक्रासिंग पर फाटक बंद रहला का बावजूद नीचे से निकल के जात चाचा भतीजा रेलगाड़ी का चपेटा में आ गइलें आ ओह लोग के ठाँवे पर मौत हो गइल. दुनु जने मोटरसाइकिल पर सवार रहुवे आ फाटक का नीचे से...

Read More

फैजाबाद वाराणसी रेलखंड पर कई घंटा ले आवाजाही ठप

एगो मालगाड़ी पटरी से उतरला का चलते काल्हु फैजाबाद वाराणसी रेलखंड पर देर ले गाड़ियन के आवाजाही बंद रहल. एह चलते फरक्का एक्सप्रेस समेत अनेके गाड़ियन के रूट बदल के चलावल गइल. दूरवाला सवारियन के त देरिए हो के रहि गइल बाकिर बीच के...

Read More

बीएचयू कुलपति पर मुकदमा दर्ज

देश के प्रतिष्ठित विश्वविद्यालयन में से एगो काशी हिन्दू विश्वविद्यालय (बीएचयू) के कुलपति डा़ लालजी सिंह समेत पांच लोग पर स्वतंत्रता दिवस का दिने राष्ट्रीय झंडा उल्टा फहरावे के आरोप लगावत लंका थाना में मुकदमा दर्ज भइल बा. मुकदमा...

Read More