महीना: सितम्बर 2013

बाढ़ में २८९ लोग मर चुकल

बतावल जात बा कि अबकी का बाढ़ में अलग अलग दुर्घटना में उत्तर प्रदेश में नाहियो त २८९ लोग के जान जा चुकल बा. आज नदी में पानी सगरी जगहा से घटे के खबर मिलत बा. वाराणसी में गंगा खतरा के निशान से नीचे आ गइल बाड़ी. बलिया, गाजीपुर आ...

Read More

बिना मतलब गोलौ चलावे वाला सात गो सिपाही निलम्बित

जौनपुर जिला के चन्दवक थाना के सात गो सिपाहियन के पुलिस अधीक्षक निलंबित कर दिहले बाड़न. एह सिपाहियन पर आरोप बा कि सोमार के साँझ ई लोग बिना जरूरत आ मतलब अपना सरकारी रायफल से गोली चलावल. अधीक्षक मामिला के जाँच कइलन आ जाँच का बाद एह...

Read More

मोतिहारी बापूधाम टीसन से दू गो महिला तस्कर गिरफ्तार

मंगल का फजीरे बापूधाम मोतिहारी टीसन से दस किलो चरस का साथे दू गो औरतन के पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि. बतावल जात बा कि नेपाल से चरस ले के रक्सौल का रास्ते पटना जात रहलीं स ई औरत. जब्त चरस के दाम एक करोड़ रुपिया बतावल जात...

Read More

पश्चिमी चंपारण में एगो नाबालिग से सामूहिक बलात्कार

बेरिया ब्लाक के मलाही टोला गाँव में एगो नाबालिग का साथे सामूहिक बलात्कार कें मामिला सामने आइल बा. पुलिस एह मामिला मे आरोपी राजू आ प्रमोद के गिरफ्तार करे ला खोजत...

Read More

लार रोड पर दुर्घटना में एगो लइकी के मौत

देवरिया के फुलवरिया लार रोड पर सोमार का दिने एगो स्कूली टेंपो पलटला का चलते ओह पर सवार एगो सात साल के लइकी सोमार का दिने मर गइल आ ओकर भाई घवाहिल हो के अस्पताल में भरती करावे के पड़ल बा जहाँ ओकर हालत बहुते खराब बतावल जात बा....

Read More

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..