2022 ले घरे घर बिजली

केन्द्रीय ऊर्जा राज्य मंत्री पीयूष गोयल काल्हु वाराणसी में उपरगामी बिजली तार हटा के जमीन का भीतर से तार दउड़ावे के काम के शुरूअत करवलन. एह पर 572 करोड़ के खरचा आई. वाराणसी के चौक आ कज्जाकपुरा में तैंतीस केवी के दू गो नया बिजली उप केन्द्र बनावल जाई आ 11 गो उप केन्द्र के अपगेरेडेशन कइल जाई.

केन्द्र सरकार के योजना बा कि साल 2022 ले घरे घर बिजली चहुँप जाय. यूपी में ई काम 2019 ले करा लीहल जाई. यूपी के 1529 गाँव में बिजली ना चहुँपल रहे त ओहमें से 1313 गाँव में बिजली चहुँपवा दिहले बिया केन्द्र सरकार.

0 Comments

Recent Posts