विजय पथ पर सीमा सिंह

Seema-in-braसिनेमा भोजपुरी के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह आजकल विजयपथ पर चलत बारी आ जवने फिलिम में सीमा सिंह के डांस के तड़का मिलेला ऊ फिलिम जरूर विजयपथ पर चल निकलेले. आजुकाल्हु सीमा सिंह जवना फिलिम में काम करत बाड़ी ओकर नाँवे ह ‘विजय पथ’.
संजीव बोहरपी निर्देशित एह फिलिम ला सीमा सिंह पिछला दिनें मुंबई के बसरा स्टूडियो में लगावल सेट पर एगो नायाब आयटम नम्बर शूट करवली. एह नृत्य में नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी सीमा सिहं के आसमान से उतरत परी के रूप में देखवले बाड़ें. आ परिओ अइसन कि जेही देखे उहे कह उठे कि वाह सीमा! जब ई गाना फिलिमावल गइल त सेट पर नाहियो त दू सौ डांसर मौजूद रहलें. एह डांस आयटम के कमाल के बतावत सीमा सिंह के कहना बा कि एह आयटम पर उनुका गर्व बा.

शाहजहां शेख के बनावल आ संजीव बोहरपी निर्देशित एह फिलिम में विजय वर्मा, मोनालिसा, आदित्य मोहन, संजय पांडे आ किरण यादव के मुख्य भूमिका बा. आ तय बा कि सीमा के डांस एहू फिलिम के विजयपथ पर लेइए जाई.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।