आजाद कुमार आ अर्पिता माली का रोमांस‏
-

ArpitaMali-and-Azadप्यार दिवानो होखेला आ मस्तानो आ फिल्मी दुनिया में एकर सिलसिला चलते रही

जी हँ, फ़िल्मी दुनिया में प्यार आ रोमांस के सिलसिला शुरू से चलत आइल बा आ चलत जाई. जल्दिए रिलीज होखे जात भोजपुरी फिलिम ‘इंस्पेक्टर चांदनी‘ में बतौर नायक नायिका अर्पिता माली आ आजाद कुमार के प्यार आ रोमांस देखे लायक होखी. ओम सीरिज मूवीज के बैनर तले बनत एह फिलिम के निर्माता अरुण कुमार अउर ओम कुमार आ निर्देशक रतन राहा हउवें.

दू गो नायिका वाली एह फिलिम में नायिका लोग के किरदार एगो मिसाल बन जाई. एक तरफ रानी चटर्जी के भरपूर एक्शन बा एह फिलिम में त दोसरा तरफ अर्पिता माली के रोमांस के जलवा. ई दुनु किरदार दर्शकन के बहुते नीक लागे वाला बा. प्यार के मिसाल बनल अभिनेत्री अर्पिता माली अपना किरदार से प्रेमी जोडियन के दिल छू लीहें. उनकर किरदार एकदमे असल लागी. फिलिम के गीतो-संगीत बहुत बढ़िया बनल बा. गीतकार पिंटू गिरी के गीतन के संगीत से सजवले बाड़न दामोदर राव.

एह फिलिम के लेखक अनिल विश्वकर्मा हउवें आ मुख्य कलाकारन में रानी चटर्जी, आजाद कुमार, अर्पिता माली, बृजेश त्रिपाठी, सपना, सीमा सिंह, प्रिया शर्मा आ दीपक भाटिया वगैरह शामिल बाड़ें. नारी प्रधान एह फिलिम के छायांकन नंदू चौहान, नृत्य निर्देशन कानू मुखर्जी, आ मारधाड़निर्देशन रियाज़ सुल्तान के बा. केन्द्रीय भूमिका में रानी चटर्जी बाड़ी आ शूटिंग गुजरात के राजपिपला में भइल बा.


(अपना न्यूज)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts