मल्लयुद्ध में नजर आई रविकिशन के दबंगई

भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन, रानी चटर्जी, शुभम तिवारी, आ कोमल ढिल्लो के भोजपुरी फिल्म मल्ल युद्ध आजुकाल्हु फिल्म वितरकन का बीच हॉट केक बनल बा. निर्देशक के दावा बा कि जबरदस्त एक्शन, कामेडी, आ रोमांस से भरल अइसन फिल्म आजु तकले भोजपुरिया दर्शकन के देखे के ना मिलल होई. फिल्म के कहानी एक दम नया बा आ भोजपुरी परम्परा आ दबंगई पर आधारित बा.
फिल्म के कहानी राजेश चौहान के लिखल, गीत एस कुमार, सोनी यादव आ जॉनी के लिखल, संगीत राज सेन आ पंडित ज्वाला प्रसाद के बनावल, कैमरा अशोक चक्रवर्ती के चलावल, एक्शन रियाज सुल्तान के सिखावल, आ नृत्य दिलीप मिस्त्री आ रामदेवन के नचावल बा. निर्माता सुनील चौहान एह फिल्म के निर्माण पर दिल खोल के खरचले बाड़न त निर्देशक चांद मेहता ओतने मन से आपन निर्देशन देखवले बाड़न.
फिल्म के बाकी कलाकारन में कुणाल सिंह, सुनीता शर्मा, गिरीश शर्मा, सोनी यादव, बृजेश त्रिपाठी, कौशल कुमार वगैरह आ आयटम डांस में सीमा सिंह का अलावे प्रोमिला आ निशा सिंह के डाँस शामिल बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।