धूमधाम से भइल लाज के मुहुर्त


औरत के सम्मान आ स्वाभिमान पर बनत फिल्म “लाज” के भव्य मुहुर्त पिछला दिने मुंबई के गोरेगाँव में बनल कृष्णा स्टूडियो में करावल गइल. सौम्या प्रोडक्शन का बैनर में सुरेन्द्र पुरी आ निलाभ तिवारी के निर्माण एह फिल्म के प्रस्तुत करीहें जितेश दुबे आ निर्देशन करीहें विनोद तिवारी. सुरेन्द्र मिश्रा के लिखल कहानी पटकथा आ संवाद, श्याम देहाती आ अरविंद तिवारी के लिखल गीत, राज सेन के संगीत का साथ बनत एह फिल्म के कार्यकारी निर्माता हई मेघना अरोड़ा. कला अंजनी तिवारी के रही.

फिल्म के कलाकारन में तीन गो नायिका बाड़ी रिंकू घोष, गुंजन पंत, आ अनारा गुप्ता. नायक रहीहें सुदीप पाण्डेय आ दीपक दुबे. मुहुर्त पर बृजेश त्रिपाठी. बहुते दिन बाद लोग के एगो नारी प्रधान भोजपुरी फिल्म देखे के मिली. कई गो पंजाबी फिल्म बना चुकल सुरेन्द्र पुरी के ई पहिला भोजपुरी फिल्म होखी.

मुहुर्त का मौका पर भोजपुरी सिनेमा के तमाम दिग्गज मौजूद रहले.


(स्रोत : शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।