सिलीगुड़ी के फ़िजा में गूंजे वाला बा मनोज तिवारी के गीत

भोजपुरी भाषा के दुनिया भर में फइलावे वाला भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार आ गायक मनोज तिवारी के सुने खातिर सिलीगुड़ी के लोग बहुते दिन से आस लगवले रहुवे. ई आस अब पूरा होखे वाला बा.

अगिला एगारह फरवरी के सिलिगुड़ी में ‘भोजपुरी भजन संध्या’कार्यक्रम होखे वाला बा जवना में गायक मनोज तिवारी के सुर एह फ़िजा में सुनाई दी. आयोजन करत बावे मनोरंजन उद्योग से जुड़ल संस्था युनिवर्सल क्रियेशन आ माइल स्टोन के मिलल प्रयास. बियफे का दिने युनिवर्सल क्रियेशन के सहायक निदेशक डालिया एगो संवाददाता सम्मेलन में बतवले कि वेस्टर्न गीत आ कार्यक्रम परोस के हमनी का अपना लोक-संस्कृति के अनदेखी करत बानी जा. मनोरंजन अपने भाषा अउर संस्कृति में बा, हमनी के बाहर से कुछ उधार नइखे लेबे के. कहलन कि एहसे पहिलहु उत्तर बंगाल के प्रतिभा के मंच देबे खातिर “मेलोडियस वॉयस ऑफ़ नार्थ बंगाल” आ मूवमेंट ऑफ़ डांस जइसन कार्यक्रम आयोजित कर चुकल बाड़न. कहलन कि साथही एकरा माध्यम से समाजो सेवा के काम करत चाहत बानी जा.

एह मौका पर अमरेश गुप्ता, विरेंद्र गिरि, मोहम्मद राजा आ मोहम्मद शहजाद अहमद उपस्थित रहले.


(शशिकांत सिंह के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।