खुद्दार सीमा सिंह

भोजपुरी फिल्मों की डांसिंग क्वीन सीमा सिंह के डांस ब्लास्ट नजर आई आदि शक्ति इंटरटेनमेंट के प्रस्तुति भोजपुरी फिल्म ‘खुद्दार’ में. एहमें सीमा सिंह के डांस परदा पर बिजली गिरावत लउकी.

सीमा सिंह के एह फिल्म के निर्देशक हउवे रवि सिन्हा. एक्शन स्टार विराज भट्ट आ मोनालिसा अउर कोमल ढिल्लन के मुख्य भूमिका बा. साथ में माया यादव, अली खान आ अवधेश मिश्रा खास भूमिका में बाड़े. मधुर संगीत राजेश गुप्ता के, गीत कमल किशोर राजू आ चन्द्रभूषण तिवारी के.

निर्देशक रवि सिन्हा के मुताबिक ‘खुद्दार’ एगो समहर मनोरंजन वाली फिलिम होखी. एकर रिलीज फरवरी में कइल जाई.


(शशिकांत सिंह के भेजल रपट)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।