‘‘शनिबाबा रखिहऽ लाज हमार’’ पूरा होखे का कगार पर
-

सागर फिल्म्स कम्बाईन के बैनर तले बनत भोजपुरी फिल्म ‘शनि बाबा रखिहऽ लाज हमार’ के 17 दिन के शूटिंग हालही में मड आइलैण्ड के वेटा हाउस, सिमरन बंगला, चांदीवली स्टूडियो आ बृजेश्वरी (विरार) में करावल गइल. फिल्म अब पूरा होखे का कगार पर बा.

निर्माता महेश जी थाटीकोण्डा आ अर्जुन जी थाटीकोण्डा, निर्देशक जेड सुरेश शंकर, संगीतकार अशोक घायल, गीतकार अशोक घायल, फणीन्द्र राव आ सुमित कुमार श्रीवास्तव, डांस मास्टर कानू मुखर्जी, एक्शन मास्टर ए. जब्बार, कैमरामैन नीतू इक़बाल, एडिटर विजयमेंत्रले अउर साउण्ड रिकार्डिस्ट नाटू भाई. कहानी जेड सुरेश शंकर के जबकि पटकथा प्रभाकर झा आ मनोज गुप्ता के अउर संवाद अंजनी श्रीवास्तव के लिखल ह.

फिल्म के कलाकार हउवे अजीत आनन्द, कल्पना शाह, ललितेश झा, गिरीश शर्मा, नीलिमा सिंह, संगीता वर्धन, पुष्पराज सिंह, सोनू राजा, संजय वर्मा, पंकज मेहता, मास्टर आदित्य, बेबी वैष्णवी, आ बेबी कारुण्याश्री. आइटम गर्ल बाड़ी सीमा सिंह जबकि सुदीप पाण्डे आ पंकज केसरी मेहमान भूमिका में अइहे.

एह फिल्म में भोजपुरी अंचल के सांस्कृतिक विरासत बरकरार दिखी आ सभ्यता-संस्कृति के दर्पण साबित होखी, अइसन कहना बा निर्देशक जेड सुरेश शंकर के.


(समरजीत के भेजल रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts