‘गुलाब थियेटर’ के पोस्ट प्रोडक्शन प्रगति पर
-


जफ़र इकबाल फिल्म्स का बैनर तले बनत भोजपुरी फिल्म “गुलाब थियेटर” के पोस्ट प्रोडक्शन मुंबई, म्हाडा के पी.एन.पी. स्टूडियो में तेजी से चल रहल बा.

“गुलाब थियेटर” एगो अइसन भोजपुरी फिल्म ह जवना में एगो लोक कलाकार के जिनिगी के अक्स देखावल गइल बा. देखावल गइल बा कि जब एगो प्रशिक्षित कलाकार जीवन के यथार्थ-रंगमंच पर चहुँपेला त ओकरा कवना कवना हालात के सामना करे पड़ेला. ई फिल्म गुलाब बाई नाम के एगो थियेटर कलाकार का जिनिगी से प्रेरित बा आ बनारस के ओही मशहूर लोक नृत्यांगना के समर्पितो बा.

एह फिल्म के कहानी में एगो नाजुक कलानेत्री आ एगो रफ-टफ ट्रक ड्राइवर के प्रेम कहानी बहुते खूबसूरती का साथ पेश करे के कोशिश कइल गइल बा. कुछ दिन पहिले एह फिल्म के 23 दिन के स्टार्ट टू फिनिश शूटिंग बिहार के हाजीपुर आ सोनपुर में करावल गइल रहे.

निर्माता मेंहदी हसन, लेखक-निर्देशक कमर हाजीपुरी, कैमरामैन, त्रिलोकी चौधरी, सह-निर्माता गुफरान अहमद नियाज, बबीता रिपु, अलमास अहमद, संगीतकार सी. वनवीर आ सतीश मुन्ना, गीतकार विरेन्द्र पाण्डे आ कमर हाजीपुरी. प्रमुख कलाकार विनय आनंद, कल्पना शाह, सुमीत बाबा, बृजेश त्रिपाठी, विजय खरे, क्षितिज प्रकाश, अर्जुन सिंह, इफ्तख़ार अहमद गुड्डू अउर आइटम गर्ल सीमा सिंह.


(समरजीत के भेजल रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts