सबले बेसी लोग देखल रूबी सिंह के विडियो

भोजपुरी के जानल मानल अभिनेत्री रूबी सिंह आजु हमहन का बीचे नइखी. कहे वाला कहत बाड़े कि काम ना रहला का चलते ऊ अपना के खतम कर लिहली. पुलिसो एही लाइन पर तफतीश करत बिया बाकिर रउरा सभे के जान के अचरज ना होखे के चाहीं कि इंटरनेट पर साल २०११ में सबसे बेसी देखल जाये वाला विडियो में रूबी सिंह के एगो गाना के विडिओ पहिला नम्बर पर रहुवे. १६ जुलाई २०११ के यूट्युब पर अपलोड भइल एह विडिओ के सात महीना का भीतर करीब ११ लाख लोग देखल.

फिल्म त्रिनेत्र के एह विडियो में उनुका साथे बाड़न पंकज केसरी. निर्देशक शाद कुमार बतवलन कि जब सलाम भोजपुरिया एकरा के अपलोड कइलसि त उनको एहबाति के अंदाजा ना रहल कि अतना बढ़िया रिस्पांस मिली एह विडियो के. रूबी सिंह के लेके दू गो फिलिम बनावत शाद कुमार रूबी के एह कदम से स्तब्ध रह गइल बाड़े.

बहरहाल रूबी भलही आजु एह दुनिया में नइखी बाकिर इंटरनेट पर मौजूद अपना विडियो आ फोटो का जरिये हमेशा याद आवत रहीहें.


(उदय भगत के भेजल रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।