बलिया में बाढ़ से हाईवे पर कटान के खतरा
-

शुक का दिने गंगा नदी के पानी बलिया-बैरिया बांध रोड पर हुकुमछपरा का लगे रोक तूड़त हाईवे पर दबाव बना दिहले बा. घाघरा के पानीओ हर घंटा एक सेंटीमीटर बढ़ले जात बा आ दक्खिन ओरी रिंग बंधा का तरफ बढ़त बा. बतावल जात बा कि बलिया बैरिया का बीच हाईवे पर मझौवा पचरुखिया कटान पर बनल रोक अचके में गंगा का धार से टूट गइल. बगल के काली मंदिरो नदी का पेटा में समा गइल. नदी के कटान रोके खातिर बोल्डर आ गाछ काट के डालल जात बा. प्रशासन के कहना बा कि लोग अफवाज पर धेयान मत देव. हाइवे पर कवनो खतरा नइखे.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..