हिन्दुत्व के बात करे वाला हिन्दूवन ला खड़ा रहिहें का ?
- टीम अंजोरिया

हिन्दुत्व के बात करे वाला हिन्दूवन ला खड़ा रहिहें का ?

आजु जब हम ई लिखे बइठल बानी तबले मतगणना शुरु नइखे भइल. कवनो जगहा से कवनो चैनल पर कवनो अइसन बात सामने नइखे आवत बाकिर हमरा मन में एगो बड़हन डर बइठल बा। आ ई डर बा कि का हिन्दुत्व के बात करे वाला लोग हिन्दूवन ला खड़ा रहिहें का ? आ साल 2021 के बंगाल विधानसभा चुनाव का तरह हिन्दूवन के राम भरोसे छोड के अपना अपना कोठरी में लुका जइहें?

ई सवाल बड़हन सवाल बा। काहे कि आजु ममता हारसु भा जीतसु दुनु हालत में बंगाल के हिन्दूवन पर खतरा मँड़राए जा रहल बा। अगर ममता जीत गइली त हिन्दूवन पर जवन हिंसा होखे के अनेसा बा तवना का सोझा बांग्लादेश के हिन्दूवन के हालात नीमन लउके लागी। आ अगर ममता हार गइली तब तोलाबाज मुस्लिम कांग्रेस के गुर्गन के अस्तित्व के लड़ाई रही। हर गली मोहलल्ला में, हर क्लब में ताकत के आजमाइश होखी। नया दादा पुरनका दादा से आपन हिसाब किताब बराबर करे के कोशिश करिहें आ पुरनका दादा आपन दादागिरी बचवले राखे खातिर कवनो कोर कसर नइखन छोड़े वाला। आ एह हालात में हिन्दूवन का खिलाफ हिंसा के अनेसा बहुते बढ़ गइल बा।

पिछला विधानसभा चुनाव का बाद पश्चिम बंगाल के हिन्दूवन पर जइसन आफत आइल रहल तइसन आफत के तुलना कश्मीर से हिन्दुवन के नरसंहारे से कइल जा सकेला। जब खुलेआम मस्जिदन से एलान करि के हिन्दूवन के कहल गइल कि जान बचावे के होखे त कश्मीर छोड़ जा लोग। बाकिर अकेले। अपना मेहरारू बहिन बेटियन के एहिजे छोड़ जइहऽ लोग मुसलमानन के खुशी खातिर।

आ शरम के बाति बा कि आजु ले कश्मीर से निकाल बाहर कइल हिन्दू कश्मीरियन के न्याय नइखे मिलल। मिलला के उमेदो नइखे। न्याय के पीठो कश्मीर के हिन्दूवन ओर पीठ क दिहल बाड़ि सँ।

अब से थोड़ देर बाद मतगणना के रुझान आवल शुरु हो जाई। भगवान करसु हमार अनेसा बेकारे के हदसल साबित होखो। बाकिर आजु से मोदी शाह के हिन्दू प्रेम के अगिन परीक्षा शुरु होखे जा रहल बा। रउरा का लागत बा? सफल होखी लोग कि आपन पुरनके चाल पर चलत रही लोग?

 

0 Comments

Submit a Comment

आपका ईमेल पता प्रकाशित नहीं किया जाएगा. आवश्यक फ़ील्ड चिह्नित हैं *

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..