बेतिया के बानुछापुर में सिपाही के हत्या

पश्चिम चंपारण जिला के मुफस्सिल इलाका के बानुछापर गांव मे काल्हु देर रात कुछ अपराधी एगो सिपाही रजनीश कुमार के गोली मार के हत्या कर दिहले.

पुलिस बतावत बिया कि सिपाही रजनीश कुमार बानुछापर गांव में अधिवक्ता वृज मोहन मिश्रा के आवास पर ड्यूटी कर के सूतल रहलें जब अपराधी धावा बोलले आ गोली मार के उनकर हत्या कर दिहले.

आजु सबेरही से पुलिस अपराधियन के धर पकड़ करे में लागल बिया.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।