तीन गो कुख्यात डकैत सरेंडर कइले

पश्चिम चंपारण जिला आ अगल बगल का इलाका में आतंक बनल तीन गो दुर्दांत डकैत काल्हु बगहा में पुलिस का सोझा सरेंडर कर दिहलें, साथ में असलहो सँउपले बाड़े स डकैत.

बगहा के अनुमंडल पुलिस पदाधिकारी ललित मोहन शर्मा बतवलन कि सरेंडर करे वालन में दस्यु सरगना राधा यादव, ओकर भाई चुमन यादव आ रामाकांत राजभर शामिल बाड़े. राधा डकैत पर जिला के थानन मे हत्या, लूट, आ अपहरण के 58 गो मामिला दर्ज बा. चुमनो यादव पर करीब 50 गो आपराधिक मामिला दर्ज बा.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।